छठ पूजा: आदितमल के पक्की रे सड़कीया – छठ गीत (Aaditamal Ke Pakki Re Sadkiya)

आदितमल के पक्की रे सड़कीया,
कुजडा छानेला दोकान,
कुजडा छानेला दोकान ।आदितमल के पक्की रे सड़कीया,
कुजडा छानेला दोकान,
कुजडा छानेला दोकान ।

घोडवा चढल अईले कवन देव,
करे लगले नरियर के मोल,
करे लगले फलवा के मोल ।

हाली हाली कर भैया मोलवा
भईले अरघीया के जून,
भईले अरघीया के जून ।

उगी ना आदितमल चमक से,
अरघ लिहीना मन से,
अरघ लिहीना मन से।

मनसा दिहीना पूराए,
मनसा दिहीना पूराए।